शुक्रवार, 5 मार्च 2010

विश्व फलक प भोजपुरी पत्रकारिता

http://www.thesundayindian.com/26102008/default.asp
http://www.thesundayindian.com/26102008/default.asp

http://www.thesundayindian.com/26102008/default.asp

द संडे इंडियन के साथे भोजपुरी पत्रकारिता के गौरवपूर्ण सफर के दू साल पूरा हो गइल. एह सुनहरा सफर के मील के पत्थरन प अक्षर-अक्षर नज़र

दुनिया में भोजपुरी भासा के पहिला नियमित राष्ट्रीय समाचार पत्रिका द संडे इंडियन के दू साल पूरा हो गइल. मार्च 2008 में एह पत्रिका के प्रकाशन मैनेजमेंट गुरू प्रो. अरिंदम चौधरी के नेतृत्व वाला प्लानमैन मीडिया समूह के बैनर से भइल त एगो इतिहास रचा गइल. ई द संडे इंडियन के पहिले से निकलत 13 भासा के संस्करण में खाली एगो आउर भासे ना जोड़लस, बलुक दुनिया भर के भोजपुरिया लोगन के उन्हकर भासा में निकले वाला पहिला राष्ट्रीय समाचार पत्रिका बन गइल. अइसे त भोजपुरी पत्रकारिता के पुरान इतिहास रहल बा. बाकिर हाल के दिन में भोजपुरी फिलिमन आ टीवी चैनल के अइला के बाद एह पत्रिका के आवे से सांचहूं में भोजपुरी के स्वर्णिम युग के शुरुआत हो गइल. अब ई पत्रिका भोजपुरी जगत के जानल पहचानल नाम हे गइल बा. भोजपुरी भासा के आंदोलन के प्रखर अगुआ के भूमिको ई निभा रहल बा. पिछला दू साल में एह पत्रिका के कइएक गो संग्रहणीय अंक निकललीस. बाकिर एइजा हमनी के भोजपुरी के आपन पाठक लोग आ शोधार्थी–विद्यार्थी लोगन खाती एह पत्रिका में पिछिला दू साल में छपल सामग्री के सार संक्षेप दे रहल बानी जा. –
- कार्यकारी संपादक, द संडे इंडियन, हिंदी आ भोजपुरी


Best regards,
Onkareshwar Pandey
Executive Editor, The Sunday Indian (Hindi & Bhojpuri)
World's only News Weekly in 14 languages
http://www.thesundayindian.com/26102008/default.asp
Office—0120—4170139 (D) Email -
editoronkar@gmail.com
Former Resident Editor--RASHTRIYA SAHARA (Hindi Daliy), Delhi & Patna
Executive President of BROADCASTERS CLUB OF INDIA
www.broadcastersclubofindia.org
Executive Director, ASIA Region, Bhojpuri Association of India (BHAI)
www.BhojpuriIndia.org
Member, Advisory Committee, Bhojpuri Adhyayan Samiti, BHU, Varanasi

Founder, Global Movement for Bhojpuri





http://bhojpurimovement.ning.com/

बिहारी खबर में छपल ओंकारेश्वर पांडेय के इंटरव्यू